Rowata Iyaar
Mukesh Matlabi
मुखड़ा
लड़का :- सभे बा पास तबो
बाडू तू उदास
काहे धन मन कइलु थोर
लड़की :- रोवता इयरवा ए पिया हो नईहरावा अकेले में मोर
अंतरा :- 1
लड़का :- एतना जे प्रेम में पागल तु भईलू
कके बियाह ससुरार काहे अइलू
लडकी :- रहे मजबूरी अइसन ए घर के
तवे त रोवतानी प्यार से बिछड़ के
लडका :- जानवो से जादा जानिले तोहके ताबो बहाव तारु लोर
लड़की :- रोवता इयरवा ए पिया हो नईहरावा अकेले में मोर
अंतरा :- 2
लडका :- हमरा उम्मीद पे फेर दिहलू पानी
तूही त लभ वाला लोग बाडू रानी
लडकी :- रंजन रंगिला जी हम नाही जियम
मतलबी मुकेश हो जहर अब पियम
लडका :- जा जा जा अब खुश तूहु रहिह अपना लाभरावा के जोर
लड़की :- रोवता इयरवा ए पिया हो नईहरावा अकेले में मोर